ईशान के शुभ जन्म दिन पर बधाई गीत।
जुग जुग जिए मोरा ललनवा कि भईले शुभ दिनवा में जनमवा मोरा ईशान के हो राम ।
अंगना में चम चम चमके लागल मुख ललनवा
के शोभे ज्यों पूनम के चंदनिया हो राम।
गावे गीत बधाई के दादी आऊर नाना नानी सौ सौ बार लख लख बार।
ऐसन शुभ दिनवा ललनवा के अंगनवा में बाजत
बधैया मंगल गीत आजन बाजन के मच गईल शोर।
दुअरा पर गावई मंगल गीत भजनवा पामरिया नाचय बजावे ढोल ढाक मांगय बधैया हो राम
कि भईले अंगना अंजोर।
माई बाबू लुटावे हीरा मोती सोनवा गावे भजनवा
अंगना में मच गईले शोर चहूं ओर।
देवे बधैया पामरिया नाचि नाचि के लेवे बलैया कि
जुग जुग जिए ललनवा भवनवा में उठ रहल शोर।
दादी बनावे पुआ पुड़ी हलवा नाना नानी बनावे
सात रे व्यंजनवा पकवनवा पचरंगी मिठईया
हो राम कि जियरा जुडावे सबके हो राम
झूमि झूमि सबसे करेले मिलनवा माई बाबू कि
अंगना में खुशी के उठत हिलोर।
देवे अशीषिया सभे परिवरवा लेवे बलैया गावे बधैया
हो राम कि बुआ लगावे आंखि में कजरवा उतारेली
नजरवा ललनवा कि आईल शुभ दिनवा हो राम।
प्रेम के मोतिया लुटावे बहिनिया आऊर भईवा।
कि आईल बाटे शुभ दिनवा ललनवा के जनमवा
के हो राम।
भईले मुदित प्रमुदित कुलहे परिवरवा अनिता
गावे मंगल गीत आऊर संगीत तहरे चरणिया
हे शिव शंकर डमरूधरिया कि आईके दियऊ तहरे
शुभ शुभ अशीषिया हो राम।
शिव शंकर जी और पार्वती जी के चरणों में
कोटि-कोटि प्रणाम।
फेरू आईब लिखे के बधैया तहरे चरणिया शरणिया
दिह उहे अशीषिया जे सबके दिहलू हो राम।
तबले ताकत रहब हम आऊर जोहत रहब रसतवा नगरिया के हो राम।
कौनो भूल चूक होखे त कर दिह माफ दासी अनितवा मांगय कर जोडि के हो राम।
जय जय श्री राम जय जय जय श्री राम।
-Anita Sinha